राबड़ी आजु लालू से मिलिहें आ छह अक्टूबर के वरीय नेता लोग साथे बइठक करीहे

मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी आजु बुध का दिने रांची मे राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव से मुलाकात करीहे आ ओकरा बाद छह अक्टूबर के पार्टी के चुनिंदा बड़का नेता लोग संगे बइठ के लालू के गिरफ्तारी का खिलाफ “सहानुभूति लहर” के अपना पक्ष मे करे के रणनीति बनइहें.
विधानसभा मे राजद विधायक दल के नेता अब्दुलबारी सिद्दिकी कहले कि अनेसा जतावल जात बा कि लालू के जेल गइला का बाद पार्टी के नुकसान होखी आ पार्टी टूट जाई. बाकिर ई सब बेकार के बात बा. पार्टी पूरा तरह से एकजुट बनल रही. पार्टी पर जब जब संकट आइल बा सगरी नेता आ कार्यकर्ता एकता देखवले बाड़े.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।