रेल बजट में बिहार के अनदेखी

आजु पेश रेल बजट के आलोचना करत बिहार के मुख्यमंत्री कहलन कि एह बजट में बिहार के एकदमे अनदेखी कर दिहल गइल बा. लालू प्रसाद कहलन कि उनका समय में रेल के घाटा खतम कर के ऊँचाई पर चहुँपा दिहल रहुवे बाकिर आजु हालात बदल गइल बा. रेल बजट में बिहार में लटकल रेल परियोजनन पर एको शब्द नइखे बोलल गइल. रेल मंत्री खाली रुपिया बिटोरे में लागल बाड़न.

नीतीश कुमार के कहना बा कि पहिला बेर एगो गलत परिपाटी के शुरूआत भइल बा आ बिना योजना आयोग भा वित्त आयोग के सहमति के नया नया योजना घोषित कर दिहल गइल बा. पिछला दरवाजा से रेल भाड़ा बढ़ा के कहल जात बा कि रेल भाड़ा नइखे बढ़ावल जात.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।