लालू हीरो हउवें आ रहीहें. कहली राबड़ी देवी

बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल राबड़ी देवी आजु फेरु कहली कि उनका पति आ :राजद:अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के साजिश का तहत चारा घोटाला मे फंसाके सजा दिआवल गइल बा. बाकिर ऊ जनता का नजर में हीरो हउवे आ आगहू हीरो रहीहें.
राबड़ी देवी के कहना रहल कि लालू का खिलाफ चारा घोटाला मे ना त कवनो सबूत बा ना कवनो गवाह. जब सीबीआई छापा मरले रहुवे ओहु दिन ओकरा कुछ ना मिलल रहे. कहली कि एह फैसला के उपर के अदालत में चुनौती दिहल जाई साथही जनता के अदालत जा के एह साजिश के परदाफाश करावल जाई. राबड़ी पूरा भरोसा जतवली कि उनुका न्याय मिली.
राबड़ी देवी मौजूदा मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर चारा घोटाला मे सनाइल होखे आ लालू यादव के राजनीति षड़यंत्र क के तहत फंसावे के आरोप लगावत कहली कि नीतीश कुमार चारा घोटाला मे करोड़ो रूपिया लिहले बाड़े आ एह बात के सबूतो बा आ गवाहो. बाकिर बिना सबूत आ बिना गवाह वाला लालू के फँसा दीहल गइल.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।