वाराणसी के लइकी से कोडरमा में सामूहिक कुकर्म

अपना घर से कवनो बात पर तंग आ के मुंबई अपना भाई किहाँ जात वाराणसी के एगो लइकी के सामान चोरी हो गइला का बाद ओकरा के सहारा देके मुंबई ले चहुँपावे का नाम पर कोडरमा जिला के चंदवारा इलाका में बलदेव मंडल आ ढुल्लु साव नाम के दू गो नवही ओकरा साथे सामूहिक कुकर्म कइले. कुकर्म का बाद ओकरा के टीसन छोड़े जात ढुल्लु के गांव वाला पकड़ के चंदवारा थाना के सुपुर्द कर दिहले. लइकी के बयान पर मुकदमा दर्ज कर के ओकरा के जाँच ला कोडरमा सदर अस्पताल भेजल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *