वाराणसी में 15 दिन के बिरहा दंगल 27 सितम्बर से

बिरहा लोकगीत गायकी के एगो प्रतियोगिता देश के धार्मिक नगरी वाराणसी में 27 सितम्बर से आठ अक्टूबर ले चलावल जाई. एहमें पूर्वांचल आ बिहार के तीस गो कलाकार शामिल होखीहें आ अपना बिरहा मे धार्मिक, पौराणिक, रामायण, महाभारत, देशभक्ति आ हो चुकल घटनन पर आपन गवनई सुनइहें.

कार्यक्रम के संयोजक डा. अशोक सिंह आजु एह बात के जानकारी देत कहलन कि भोजपुरी दुनिया के अनेके देशन में बोलल जाला. भोजपुरी गवनई में बिरहा के एगो खास स्थान बा. लोकगीत हमहन के पुरान थाती ह जवना के बचवले राखल हम सभकर जिम्मेवारी ह.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..