विकास दूबे के गिरफ्तारी राजीव गाँधी फाउन्डेशन के जाँच के खबर से ध्यान हटावे के साजिश

काल्हुवे राजीव गाँधी फाउन्डेशन के नाजायज बतावल जात दान आ चन्दा के जाँच करवावे के फैसला केन्द्र सरकार करुवे आ आजु भोरहीं में विकास के गिरफ्तारी हो गइल. बिना कवनो सोर पात के बड़हन गाछ बनावे वाला अंदाज में कहल जा सकेला कि गाँधी परिवार के भठियरपन के जाँच वाली खबर पर देश में हो रहल चरचा के दबावे का मकसद से भाजपा विरोधी गोल विकास दूबे के गिरफ्तारी के योजना बवना दिहलें आ आजु हर चैनल पर विकासे दूबे के चरचा हो रहल बा आ गाँधी परिवार के खबर एकदमे दबा गइल बा. आ एही बहाने भाजपा के बैकफुट पर ले आवे के कोशिशो कइल जा रहल बा.
जाने जोग बा कि विकास दूबे पहिले बसपा में रहुवे आ बाद में समाजवादी से टाँका भिड़ा लिहले रहुवे. विकास के मेहरारू के समाजवादी पार्टी चुनावो लड़ववले रहुवे.
अब बसपा आ समाजवादी गोल के बोलतुआ टीवी चैनलन के पैनल में उछिल उछिल के भाजपा के घेरे का कोशिश में लागल बाड़ें.
जनता के याददाश्त बहुते कमजोर होला आ आजु के सोशल मीडिया आ चैनलन का आपाधापी में कवनो खबर के उमिर चार दिन से अधिका नइखे रहि जात.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।