झारखंड से राज्य सभा चुनाव में विधायकन के खरीद फरोख्त के मामिला सामने आइल रहे जवना का बाद चुनाव टार दिहल गइल रहे आ बाद में करावल गइल रहे. एह सिलसिला में बियफे का दिने बिहार, झारखंड आ पश्चिम बंगाल के पैंतीस जगहन पर सीबीआई छापा मरलसि. एह जगहन में कांग्रेस, झामुमो, झाविमो, अझास्टूडेंट यूनियन, राजद आ भाजपा के चौदह गो विधायकन के आवास शामिल बा.
0 Comments