विश्व भोजपुरी सम्मेलन, बलिया के अधिवेशन आ पाती अक्षर सम्मान 19 अप्रैल के

SadanandShahi
विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया ईकाई के सालाना अधिवेशन आ पाती अक्षर सम्मान समारोह बलिया के बापू भवन में 19 अप्रैल के होखे जा रहल बा. एह अधिवेशन में सगरी भोजपुरी प्रेमियन के नेवता देत समिति के अध्यक्ष विजय मिश्र आ उपाध्यक्ष डा॰ जनार्दन राय जानकारी दिहले बानी कि समिति क मुख्य अतिथि काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के भोजपुरी अनुसंधान समन्वय केन्द्र के अध्यक्ष प्रो॰ सदानन्द शाही रहीहें आ विशिष्ट अतिथियन में कुंवर सिंह विश्वविद्यालय आरा के भोजपुरी विभाग के अध्यक्ष डा॰ नीरज सिंह, बाबा साहब भीम राव अम्बेदकर बिहार विश्वविद्यालय के भोजपुरी विभागाध्यक्ष डा॰ जयकान्त सिंह ‘जय’, हिन्दी प्रचारिणी सभा बलिया के अध्यक्ष डा॰ रघुवंशमणि पाठक आ मुजफ्फरपर से डा॰ ब्रजभूषण मिश्र रहीहें.

एह समारोह के अध्यक्षता करीहें काशी हिन्दू विश्वविद्यालय क प्रो॰ अवधेश प्रधान. कार्यक्रम सबेरे 10 बजे से शुरु होके साँझ 5 बजे ले चली. दिन में डेढ़ बजे अल्पाहार अवकाश रही. पहिलका सत्र में अधिवेशन, पाती अक्षर सम्मान आ लोक गायन के व्यस्था बा त दुसरका सत्र में ‘पाती आ भोजपुरी कथा साहित्य’ विषय पर संगोष्ठी में कन्हैया पाण्डेय, हीरालाल, शशि प्रेमदेव, शिवजी पाण्डेय ‘रसराज’ आ डा॰ राजेन्द्र भारती शामिल होखीहें.

तिसरका सत्र मे काव्य गोष्ठी खातिर खास क के कविगण दयाशंकर तिवारी, डा॰ भगवती प्रसाद द्विवेदी, डा॰ प्रकाश उदय, डा॰ कमलेश राय, डा॰ ब्रजभूषण मिश्र, कुबेरनाथ मिश्र ‘विचित्र’, भालचन्द्र त्रिपाठी, गिरिधर करुण, मिथिलेश गहमरी, अक्षय कुमार पाण्डेय वगैरह के आमन्त्रित कइल गइल बा.

कार्यक्रम के खास आकर्षण रहे वाला बा एह मौका पर आयोजित भोजपुरी पुस्तक प्रदर्शनी, चित्र प्रदर्शनी आ लोक गायन.

आशा कइल जात बा कि भोजपुरिया बंधु एह कार्यक्रम में बड़हन संख्या में शामिल होखीहें.

1 Comment

  1. amritanshuom

    जय भोजपुरी……जय -जय भोजपुरी…

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।