शिक्षा उन्ननयन गोष्ठी गड़वार में भइल

गड़वार बलिया। ब्लाक संसाधन केंन्द्र गड़वार में आयोजित शिक्षा उन्नयन गोष्ठी व शिक्षक सम्मान समारोह के मुख्य अतिथि जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी उदय प्रकाश मिश्र जीं कहनीं ह कि शिक्षे विकास के जननी ह आ बचवन के शिक्षा के उपर बहुते ध्यान देबे के जरूरत बा आ ओहू में लइकियन के शिक्षा पर त अउरी।विशिष्ट अतिथि खंड शिक्षा अधिकारी रविशंकर यादव जी कहलीं ह कि शिक्षा के संगे संगे सुसंस्कारो के विकसित कइल जरूरी बा। एहि समारोह में रिटायर बारह गो शिक्षक, शिक्षिका आ चपरासी लोगन के अंगवस्त्रम देके विदार्इ कइल गइल ह।

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।