शी जिनपिंग ता-जिनिगी बनल रहीहें चीन के राष्ट्रपति


बीजिंग 11 मार्च (वार्ता) चीन में केहु के दूइए बेर राष्ट्रपति बने के सीमा खतम करत आजु नया संवैधानिक बदलावन के मंजूरी दे दीहल गइल. एकरा साथ ही साफ हो गइल कि शी जिनपिंग ता-जिनिगी चीन के राष्ट्रपति बनल रहीहें.

मीडिया के सूत्र बतावत बाड़ें कि चीन के नेशनल पीपुल्स कांग्रेस के सालाना बइठक में एह संवैधानिक बदलावन के मंजूरी दीहल गइल. करीब तीन हजार सदस्यन वाली संसद ‘नेशनल पीपुल्स कांग्रेस’ में संविधान संशोधन प्रस्ताव पेश कइल गइल. कुल मौजूद 2,964 सदस्यन में से महज दू जने एकर विरोध कइलें जबकि महज तीन जने भोटिंग में शामिल ना भइलें.

जाने जोग बा कि ‘नेशनल पीपुल्स कांग्रेस’ के लोग रबर स्टांप संसदो कहेला. शाएद एही सब का चलते.

एह संवैधानिक बदलाव का साथही 64 बरीस उमिर के शी जिनपिंग के ता-जिनिगी चीनी राष्ट्रपति बनल रहे के राह साफ हो गइल. अबहीं उनुकर दुसरका कार्यकाल चलत बा जवन साल 2023 से चले वाला बा. अगर ई बदलाव ना कइल गइल रहीत त 2023 में दोसर कोहु राष्ट्रपति बनीत.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।