शूटिंग का दौरान घवाहिल हो गइली कल्पना शाह


भोजपुरी अभिनेत्री कल्पना शाह पिछला दिने रामपुर में हो रहल भोजपुरी फिल्म “हमरा नावे जिला हिलेला” के शूटिंग का दौरान घवाहिल हो गइली. चोट लगला का बाद कल्पना शाह के अस्पताल ले जाये के पड़ल जहाँ डाक्टर उनुका के एक हफ्ता आराम करे के सलाह दिहले. बाकिर अपना काम का प्रति समर्पित कल्पना शाह दर्द आ चले में दिक्कत का बावजूद आपन शूटिंग जारी रखली. अलका राय के बनावल एह फिल्म के निर्देशन रवि सिन्हा करत बाड़े. फिल्म के मुख्य कलाकारन में विनय आनन्द, कल्पना शाह, अवधेश मिश्रा, सुनील तिवारि, दिव्य ा द्विवेदी, कोमल ढिल्लन वगैरह के नाम शामिल बा. गीत श्याम देहाती के, संगीत राजेश रजनीश के, नृत्य रेड्डी के, फाइट सतीश रेड्डी के आ छायांकन शक्ति सोनी के बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।