संगीते हमार जिनिगी हऽ कहना बा राज सेन के

हिंदी सिनेमा के “तेरी मेहरबानियां, अर्जुन देवा, खतरों के खिलाड़ी, बाजार, सुरूर” वगैरह फिल्मन के संगीत देके आपन एगो सफल छवि बानवे वाला संगीतकार राज सेन आजु भोजपुरी सिनेमा के उम्दा संगीतकारन में गिनल जाले. भोजपुरी फिल्म “बाबुल प्यारे” से सफर शुरु कर के राज सेन अब ले “बांके बिहारी, कानून हमार मुट्ठी में, अब त बन जा सजनवां हमार, प्यार जब केहू से हो जाला, पूरब पश्चिम” वगैरह दर्जन भर फिल्मन में संगीत दे चुकल बाड़न. राजसेन संगीत से जुड़ल राजस्थान के एगो परिवार के हउवें एहसे बचपने से संगीत के सेवा करत आइल बाड़न. कहेलें कि रविकिशन, उदित नारायण आ दीपा नारायण का चलते भोजपुरी सिनेमा में संगीत दिहल शुरु कइलें. राज सेन खातिर फिल्म के भाषा खास ना होले ऊ त बस संगीते के भाषा बोलेलें, जियेलें. उनुकर कहना बा कि भोजपुरी में अश्लीलता के बाति करे वाला लोग हिन्दी के “मुन्नी बदनाम हुई” भा “शीला की जवानी” के कहीहें ? राज सेन के संगीत से सजल जवन भोजपुरी फिल्म आवेवाली बाड़ी सँ ओह में “पिंडदान, खेला, तहलका” आ “शूटर शुक्ला” के नाम खास बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..