सफलता के गारंटी बन गइली अंजना सिंह

सिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी कहाए वाली अभिनेत्री अंजना सिंह के हिट फिलिमन के सिलसिला लगातार जारी बा. हाल ही में बिहार में रिलीज़ भइल मर्द तांगेवाला आ मुंबई में रिलीज़ भइल लावारिस के सफलता से ई साबित हो चुकल बा.

दूइए साल पहिले रवि किशन संगे भोजपुरिया परदा पर उतरल अंजना सिंह अपना पहिलके फिलिम का बाद कबो पाछे मुड़ के ना देखली आ उनुका खाता में एक का बाद एक ट्रक ड्राइवर, कैसन पियवा के चरित्तर बा, देवरा पे मनवा डोले, दिल ले गइल ओढनिया वाली, एक बिहारी सौ पे भारी, लावारिस जइसन हिट फिलिम शामिल होत गइली सँ. एह फिलिमन में अंजना रविकिशन, निरहुआ, खेसारी लाल आ पवन सिंह जइसन बड़का भोजपुरी सितारन संगे नज़र अइली.

पिछला हफ्ता रिलीज़ फिल्म मर्द तांगेवाला में उनकर नायक रहलें विराज भट्ट. एहु फिलिम के बिहार में मजगर सफलता मिलल बा.

अंजना सिंह का लगे फिलिमन के लमहर कतार बा आ करीब हर बनत फिलिम में ऊ बड़का भोजपुरी सितारन संगे शामिल बाड़ी. एह फिलिमन में वर्दी वाला गुंडा, दूध का कर्ज, आंधी तूफ़ान, लहू के दो रंग वगैरह शामिल बाड़ी सँ.


(उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।