सांसद रमांकांत यादव के परिवार के चार जने के सड़क दुर्घटना में मौत

बियफे का दिने आजमगढ़ के भाजपा सांसद रमाकांत यादव के परिवार के चार लोग के मौत मथुरा से दिल्ली जाए का रास्ता में हो गइल बा. ई लोग मथुरा में जन्माष्टमी देखला का बाददिल्ली लवटत रहुवे जब एह लोग के कार सड़क पर खड़ा दोसरा गाड़ी से टकरा गइल. एह हादसा में सांसदो घवाहिल भइल बाड़न बाकिर चोट मामूली बतावल जात बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।