साढ़े तीन बजे मुन्नी जरुर मिलीह


सलमान खान के फिल्म “दबंग” के मशहूर गाना “मुन्नी बदनाम हुई” गावे वाली ममता शर्मा एगो भोजपुरी फिल्म “प्राण जाये पर वचन ना जाये” खातिर एगो गाना गाये जा रहल बाड़ी “साढ़े तीन बजे मुन्नी जरुर मिलना.” एहू गाना का बारे में बतावल जा रहल बा कि ईहो गाना “लौंडा बदनाम हुआ नसीबन तेरे लिये” गावे वाली ताराबानो फैजाबादी के गावल गाना हऽ आ अपना जमाना में यूपी में बिहार में ई गाना खूब चलल रहे. “प्राण जाये पर वचन ना जाये” के निर्माता महिपाल दास गुप्ता के कहना बा कि उनुका ई गाना पहिलही से बहुत पसन्द रहल आ जब फिल्म बनावे चललन त एह गाना के फिल्म में शामिल करे के बात कहलन त निर्देशक तुरते तइयार हो गइलन. एह फिल्म में रविकिशन, राजीव दिनकर, महक, रुचिका, आ राजेश सिंह वगैरह कलाकार बाड़े.गाना विनय बिहारी आ एस कुमार के लिखल ह. फिल्म के संगीतकार राजेश रजनीश के जोड़ी बाड़े. फिल्म के निर्देशन मशहूर निर्देशक के॰ डी॰ करत बाड़े.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..