सिनेमा भोजपुरी से समरजीत के रपट

हंटरवाली के शूटिंग पूरा होखे वाला बा. गुजरात के सिलवासा में एकर पन्द्रह दिन के शूटिंग चलत बा. निर्माता मुन्ना रिजवी आ निर्देशक हउवें कमर फारूख.

गुलाब थिएटर के बिहार झारखंड टेरिटरी अधिकार कपूर चन्द खरीदलें. फिलिम दशहरा का मौका पर रिलीज होखी.

ज्ञान सहाय प्रोडक्शन के फिलिम “का उखाड़ लेबऽ” जे मिक्सिंग के काम चलत बा. एकर निर्माता, निर्देशक, कैमरामैन आ संपादक सब ज्ञाने सहाय बाड़ें. संगीत नागेन्द्र संतोष के आ गीत राजेश मिश्रा के बा. कलाकारन में साहित्य सहाय, युक्ति कपूर, अगस्त्य जैन, नीतू चौधरी, शशि सहाय, लिलिपुट, किशोर भानुशाली, राजिव खन्ना, आदिल, विशाल कुमार, मिथिलेश कुमार आ राकेश पांडे शामिल बाड़े. बतावल जात बा कि एकरा के दशहरा के मौकार पर रिलीज कइल जाई.

अग्नि क्रिएशन के फिलिम “अग्नि” के संगीत मुहुर्त २२ सित्मबर के मुंबई में करावल गइल. संगीत निर्देशक शत्रुघ्न, गीतकार प्यारेलाल यादव अउर गौतम, नृत्य निर्देशक मुरूगन, कैमरासंचालक विलयम्स. कलाकारन में मनोज पांडे, मनोज टाइगर आ अर्पिता माली के नाम बा.

आखिर कब जाओगे के मिक्सिंग के काम पूरा हो गइल. बैनर पूनम प्रोडक्शन, निर्माता डा॰ आर॰के॰निषाद, निर्देशक अनिल लाहिड़ी, कहानीकार सागर अनजाना, संगीतकार गणेश पान्डे आ घुंघरू, गीतकार जिग्नेश भ्रमर, नृत्य निर्देशक प्रदीप कुमार, कैमरा मैन हीरा सरोज. कलाकारन में सुजीत कुमार, रश्मि श्रीवास्तव, सागर अंजाना, जफर खान, अर्पना पाठक, राकेश पाठक, रूबी, टी एन विश्वकर्मा, कविता गौतम, नेहा वाहिले, कृष्णा मिश्रा, अमित कानपुरी, सुरेश यादव, विनय अकेला, अरविन्द अवस्थी आ सुभाष चौहान के नाम बा.

प्राग फिल्म के “लल्लू बिहारी” दशहरा का समय रिलीज होखी. निर्माता शोभा स्वराज, संपादन निर्देशन पी राजकुमार के, कहानी पटकथा राजीव झा के, संगीत बैजू बंशी के आ गीत संजय स्नेही, अमित सिंह अउर डा॰ अशोक सिन्हा के, नृत्य निर्देशन माधव सिंह राठौड़ आ अनिल राज के, फाइट मास्टर संजय अउर अनिल, कैमरा राज खिलनानी आ लाला के. कलाकार सूची में राकेश पांडे, बबलू सिंह, आलोक झा, शुभम सिंह, तनुश्री, रेखा भंडारी, प्रीती शर्मा, रसराज आ आयटम डांस में अंशु तिवारी.

शिवप्रिया प्रोडक्शन के फिलिम “कंचन मन गंगा तन तुलसी” के निर्माता रीता प्रकाश आ निर्देशक पारस एन सिंह हउवें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।