सोमार का रात डेहरी आन सोन के दू नंबर प्लेटफार्म से पुलिस एगो नवही जोड़ी के हिरासत में ले लिहलसि. पूछताछ से पता चलल कि औरंगाबाद के लड़िका दिल्ली में काम करेला आ ओहिजे ओकरा सिवान के एह लड़िकी से प्यार हो गइल जवना के बाप दिल्ली में काम करेले. एह प्रेम में पड़ के दुनु भा निकलले आ लड़िका के गाँवे आके शादी कर लिहलें. शादी का बाद दुनु वापिस दिल्ली लवटे का तइयारी में रहलें जब पुलिस दुनु के पकड़ लिहलसि. लड़िकी के बाप के खबर भेज दिहल गइल बा.
0 Comments