सौ रुपिया के ‌औकात ना रहे अब करोड़ो में खेलत बाड़ी

तीन दिन के सपाई आन्दोलन के मजबूती से कचारे वाली मायावती का खिलाफ उत्तर प्रदेश विधानसभा में विपक्ष के नेता मुलायम सिंह के भाई शिवपाल सिंह यादव कहले कि एह तीन दिन में उनका पार्टी के कार्यकर्ता कवनो नुकसान ना चहुँपवले तबहियो कई जगहा ओह लोगन पर मुकदमा दर्ज करा दिहल गइल बा. खीस में बोलत शिवपाल सिंह कहलन कि मेहरारू होखला का चलते नइखीं बोलत ना त हम बता सकत रहीं कि जवना के सौ रुपिया के औकात ना रहे से आजु करोड़न में कइसे खेलत बिया. बाकिर शिवपाल सिंह से इहो पूछल जा सकेला कि स्कूल के मास्टरी से जिनिगी शूरु करे वाला लोगो आजु कवना कमाल से करोड़न में खेलत बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।