सड़क दुर्घटना में काँवरियन के मौत

गोरखपुर लखनऊ राजमार्ग पर काल्ह अधरतिया में बस्ती छावनी इलाका के रेहड़वल गाँव का लगे सड़क का डिवाइडर पर सूतल लोग पर एगो ट्रैक्टर बेकाबू हो के चढ़ गइल आ चार गो काँवरियन के ओहिजे मौत हो गइल. तीन जने घवाहिलो भइल बाड़ें. बाद में खिसियाइल लोग ओह ट्रैक्टर में आग लगा दिहल आ सड़क पर बवाल काटल.

काँवरियन के भीड़ देखत प्रशासन बस्ती फैजाबाद राजमार्ग के अगिला तीन दिन खातिर बन्द कर दिहलसि आ अब वाहन दोसरा रास्ता से अइहें जइहें.

जौनपुर में गोमती नदी में एगो काँवरिया के डूबे के खबर बा. अबहीं ओकर लाश नइखे मिलल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।