हमरे बिलईया हमरे से म्याऊँ

Lalu blames everyone but himself for the woes of Bihar

The person who ruled Bihar for 15 years is saying now that he will turn the tide again. He is going on promising everything to voters to woo them. Reservation to forward castes and Muslims, and full stomach meals to poor. He even criticises his camp followers who are now deserting him.

अपना विश्वसनीय लोग के पाला बदलला से परेशान लालू कहत फिरत बाड़े कि उनकरे बिलाई उनके से म्याऊँ करत बाड़ी सँ. जवना लोग के पाल पोस के कवनो लायक बनवले उहो आजु उनका के दोषी बतावत बा. शायद लालू जी के ऊ भोजपुरी कहावत याद ना आइल जवन एह मामिला में फिट बइठी, जेकरा खातिर चोरी कइनी उहे कहे चोर !

लालू लोग के भरोसा दिआवल चाहत बाड़न कि अगर अगिला सरकार उनकर बनल त सभका भरपेट खाना भेंटाई. नेतवन के कतना भरोसा रहल जनता के कमजोर याददाश्त के ! कहत बाड़न कि कांग्रेस आ राजग का चलते मँहगाई बढ़ल बा. बाकिर ओहि कांग्रेस के केन्द्र में समर्थन दिहले बाड़न ! मजा के बात त ई रहल कि कहले कि जब ऊ रेल मंत्री रहलन त रेल के विस्थापितनके कतहीं बसवा देबे के नीतीश से कहले रहलें बाकिर नीतीश ना कइलें. अरे भाई तूहीं रेलवे का कवनो जमीन पर काहे ना बसवा दिहले रहुव ?

असल में बिहार चुनाव के आवे वाला परिणाम का अनेसा में लालू के बुझा नइखे कि का करसु ? अबकी के चुनाव उनका खातिर बहुते खास बा. अगर अबकियो हार गइलन त राजनीति में टिकल मुश्किल हो जाई शायद.

0 Comments