हरतरफ नीरज यादव के चरचा

AhiraNirajYadavभोजपुरी सिनेमा में नया खलनायक बन के उभरल आ शानदार पारी खेलत नीरज यादव के हरतरफ चरचा बा. नीरज यादव के पहिलका फिलिम रहल ‘प्रतिघात’ जवना के सफलता उनका के रातोरात स्टार खलनायक बना दिहलसि आ एह कामयाबी के बाद नीरज यादव ‘हथकड़ी’ में नजर अइहें. ‘हथकड़ी’ में सुपर स्टार दिनेश लाल यादव आ खेसारी लाल यादव के मुख्य भूमिका बा.

गोरखपुर से आइल नीरज यादव अहिरा के बारे में हथकड़ी के निर्देशक रविसिन्हा साफ कहतारें कि कमाल के खलनायक बाड़े नीरज यादव अहिरा. हथकड़ी में नीरज यादव के साईन करतहीं हर तरफ नीरज यादव के चरचा होखे लागल बा. अनेके बड़हन बैनर अब नीरज यादव के बतौर खलनायक अपना फिलिम में लेबे ला सोचत बाड़े.

नीरज यादव के कहना बा कि उनुका अइसन फिलिम करे के बा जवना का बारे में उनुका लागे कि हँ यार ई अइसन फिलिम जवन करे के चाहीं.खास क के बेहतर आ युवा निर्देशकन संगे जिनका कहानी आ निर्देशन पावर में दम होखे.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।