हार ना पाई प्यार हमार के संगीत मुहुर्त


पिछला दिने मुंबई के गोरेगांव पश्चिम स्थित प्लेटिनम स्टूडियो में भोजपुरी फिल्म “हार ना पाई प्यार हमार” के संगीट मुहुर्त करावल गइल. मुन्ना दुबे के लिखल गीत के के॰ रत्नेश का संगीत निर्देशन में उदित नारायण का आवाज में रिकार्ड करावल गइल. पारम्परिक नारियल फोड़े के काम माजी के महापौर हरेश्वर पाटिल कइले. एह फिल्म के निर्माता इरफान खान के कहना बा कि आजु भोजपुरी फिल्म देश दुनिया हर जगहा सफलता के परचम लहरावत बाड़ी स आ उनुको कंपनी एह शुभ काम में आपन योगदान करे के तय कइलसि. कहले कि कोशिश रही कि आम भोजपुरी फिल्मन वाली गलती उनुका से ना होखे आ भोजपुरी के ओकरा पूरा गरिमा का साथ लोग का सोझा परोसल जा सके. पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म के निर्देशित करे जा रहल बाड़न एकर निर्देशक सचिन यादव. उनकर कहना बा कि फिल्म के बेहद मनोरंजक बनावल उनुकर लक्ष्य बा. फिल्म के कलाकारन में रॉबिन खान, काजल, कल्पना शाह, तनुश्री, रीतू पाण्डेय वगैरह के नाम बा. बतावल जात बा को फिल्म के शूटिंग लखनऊ, बाराबंकी, आ नानापारा में अप्रेल से करावल जाई.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..