हार ना पाई प्यार हमार के संगीत मुहुर्त


पिछला दिने मुंबई के गोरेगांव पश्चिम स्थित प्लेटिनम स्टूडियो में भोजपुरी फिल्म “हार ना पाई प्यार हमार” के संगीट मुहुर्त करावल गइल. मुन्ना दुबे के लिखल गीत के के॰ रत्नेश का संगीत निर्देशन में उदित नारायण का आवाज में रिकार्ड करावल गइल. पारम्परिक नारियल फोड़े के काम माजी के महापौर हरेश्वर पाटिल कइले. एह फिल्म के निर्माता इरफान खान के कहना बा कि आजु भोजपुरी फिल्म देश दुनिया हर जगहा सफलता के परचम लहरावत बाड़ी स आ उनुको कंपनी एह शुभ काम में आपन योगदान करे के तय कइलसि. कहले कि कोशिश रही कि आम भोजपुरी फिल्मन वाली गलती उनुका से ना होखे आ भोजपुरी के ओकरा पूरा गरिमा का साथ लोग का सोझा परोसल जा सके. पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म के निर्देशित करे जा रहल बाड़न एकर निर्देशक सचिन यादव. उनकर कहना बा कि फिल्म के बेहद मनोरंजक बनावल उनुकर लक्ष्य बा. फिल्म के कलाकारन में रॉबिन खान, काजल, कल्पना शाह, तनुश्री, रीतू पाण्डेय वगैरह के नाम बा. बतावल जात बा को फिल्म के शूटिंग लखनऊ, बाराबंकी, आ नानापारा में अप्रेल से करावल जाई.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।