हैदर काजमी क नयका फिल्म ‘दीवानगी’

सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज हैदर काजमी अब ‘दीवानगी’ देखइहें. हैदर काजमी हाल ही में एगो नया फिलिम साइन कइले बाड़न जवना के नाम ह ‘दीवानगी’. एह फिल्म के निर्माण आर.डी.आर. क्रियेशन के बैनर तले निर्देशक रमाशंकर करत बाड़ें. दीपक जैन के प्रस्तुति एह फिल्म में पहिला बेर रियल रंगबाज हैदर काजमी आ नंबर वन खलनायक संजय पांडे आपन आपन जलवा देखावत नज़र अइहें.

चुनिए चान के फिलिम सकारे वाला हैदर काजमी के एह फिलिम के कहानी बहुते पसंद आइल बा. एकरा अलावे हैदर काजमी के फिलिमन में ‘कालिया’, ‘बिगुल’, ‘आजमगढ़ के कट्टा’, आ ‘जागीरा’ के नाम बा. जबरदस्त एक्शन से भरल ‘दीवानगी’ में हैदर काजमी के नायिका बाड़ी ऋतिका शर्मा आ साथ में बाड़ें नवोदित जमाल खान, संजय वर्मा, हीरालाल यादव अउर संजय पांडे।


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।