होली पर आइल विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के ‘दुर्गा’

भोजपुरिया पर्दा पर ‘चाचा भतीजा’, ‘दामिनी’ आ ‘घायल योद्धा’ जइसन ब्लॉक बस्टर फिलिम देबे वाली देने वाली नं॰ 1 फिल्म निर्माण कंपनी विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल होली के शुभ अवसर पर ‘दुर्गा’ ले के आवत बिया. ‘दुर्गा’ महिला प्रधान फिल्म हवे जवना में एक्शन स्टार विराज भट्ट, अवधेश मिश्रा आ लोक गायक आनंद मोहन प्रमुख भूमिका में बाड़े. रानी चटर्जी पुलिस इंस्पेक्टर का किरदार में बाड़ी. एह फिलिम के पहिला बेर पूरा देश में एक साथ रिलीज कइल जात बा जवना में बिहार के 80 सिनेमाघरन का साथ मिला के देश के लगभग 130 सिनेमाघर में एकरा के रिलीज कइल जात बा.

दुर्गा के शूटिंग नेपाल के मनोरम वादियन में कइल गइल बा. एहमें हर वर्ग के दर्शकन के मनोरंजन के खयाल राखल गइल बा. मधुर गीत-संगीत आ एक्शन के मजेदार तड़का मारल बा एह फिलिम में आ औरत के गरूर के लड़ाई त बड़ले बा. निर्देशन कइले बाड़े मनोज नारायण आ सानू सिन्हा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।