८ जुलाई से रिलीज होखे जा रहल बा निरहुआ के औलाद

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन अदाकारा पाखी हेगडे “औलाद” फिल्म में एगो बहुते चुनौतीवाली भूमिका में बाड़ी. भूमिका एगो अइसन नारी के बा जे शादी के सात फेरा में दिहल सातो वचन निबाहत लउकीहे जे अपना पति आ परिवार के खुशी खातिर सब कुछ करे के तईयार बिया. एक से बढ़ के एक संवाद बा उनुकर त सुपरहिट गीतन पर उनुकर थिरकलो बा. खास कर के उनुकर बोलल संवाद “हमार बाबूजी बेऔलाद नइखन” त अबहिये से दर्शकन का जुबान पर चढ़ गइल बा.

दिनेश लाल निरहुआ के होम प्रोडक्शन वाली एह फिल्म के प्रदर्शन ८ जुलाई से बिहार, युपी, आ मुंबई में एके साथ होखे जा रहल बा.

“औलाद” में निरहुआ पाखी हेगडे का जोड़ी का अलावे प्रवेशलाल यादव आ शूभी शर्मो के जोड़ी बा. एह जोड़ी के एगो सीन “दिल वाले दुलहनिया ले जायेगें” में शाहरुख खान आ काजोल पर फिल्मावल सीनके याद दिया दी जवना में सरसो के खिलखिलात खेतन में प्रवेशला शुभी शर्मा के गोदी में उठवले नजर अइहें.

फिल्म के निर्देशक असलम शेख, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, आ श्याम देहाती, अर संगीतकार राजेश रजनीश हउवें. फिल्म के कलाकारन में दिनेशलाल यादव, प्रवेश लाल यादव, पाखी हेगडे, शुभी शर्मा, मनोज टाइगर, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, एयाज खान, अनिल यादव, रत्नेश, माया यादव, आ किरण यादव के मुख्य भूमिका बा. “औलाद” में दर्शकन खातिर एक्शन, इमोशन, आ रोमांस के बेजोड़ संगम देखे के मिली.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. DINESH CHANDRA GUPTA

    DINESH BHAI HAM BAHUT PARESHAN HE KI JALDI
    8-JULY-2011 AA JAI

    AAP KA
    DINESH CHANDRA GUPTA
    A/P-VIDYA BHAWAN NARAIANPUR
    DIST- BALLIA UP-277213
    9830905865

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।