56 में 33

राज्यसभा के एह साल देश के 15 गो राज्यन में कुल मिला के 56 गो सीट पर भइल चुनाव में भाजपा आ ओकरा सहयोगियन के 33 गो सीट पर विजय मिलल बा. एहमें अकेले भाजपा 30 सीट पर आ ओकरा सहयोगी शिव सेना, राकांपा, आ जदयू के एकएक सीट पर जीत मिलल बा. दुसरा नम्बर पर कांग्रेस के 9 गो सीट पर आ ओकरा सहयोगी तृणमूल के चार सीट पर अउर राजद आ समाजवादी गोलन के दू दू गो सीट पर जीत मिलल बा.

आंध्र प्रदेश में वाईएसआर के तीन सीट पर, ओडिशा में बीजद के दू सीट पर, आ तेलंगाना में बीआरएस के एक सीट पर जीत मिलल बा.

एह 56 गो सीटन में से 41 गो के परिणाम त निर्विरोधे हो गइल रहुवे. बाकिर यूपी के दस सीट, कर्नाटक के चार सीट, आ हिमाचल के एक सीट पर मतदान करवावे के पड़ गइल काहें कि एहिजा सीटन से अधिका उम्मीदवार रहलें. एह चलते यूपी में उलटफेर करत भाजपा अपना आठो उम्मीदवार के आ हिमाचल में अकेला सीट पर भइल चुनाव में सत्ताधारी कांग्रेस के हरा के अपना उम्मीदवार के जीतवा लिहलसि. एह चलते हिमाचल प्रदेश में कांग्रेस सरकार पर खतरा मँडराए लागल बा. जान जाईं कि कांग्रेस का लगे अबहीं तीन गो राज्य कर्नाटक, तेेलंगाना, आ हिमाचल प्रदेश में सरकार बावे. एहमें से एगो सरकार अब कतना दिन के मेहमान रही से केहू नइखे बता सकत.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *