रिंकू घोष आजुकाल्ह थाना के चक्कर लगावत बाड़ी.

ना, ना. घबड़इला के जरुरत नइखे. रिंकू ना त कवनो अपराध कइले बाड़ी ना ही कवनो अपराध के भुगतले बाड़ी. ऊ त एगो नया धारावाहिक “धनिया के थाना” में एगो टपोरी पुलिस इन्सपेक्टर के किरदार करत बाड़ी. उनकर किरदार देखि के दर्शक “एफआईआर” धारावाहिक के महिला पुलिस इन्सपेक्टर के याद करे लगीहें. काम त रिंकू के अतना कमाल के बा कि दर्शक हँसत हँसत लोटपोट हो जइहें. एह धारावाहिक के एगो नया शुरु होखे जा रहल टीवी चैनल खातिर बनावल जा रहल बा. शो के शूटिंग में ढेरे पुलिस वालो काम करत बाड़न जिन लोगन के कहना बा कि अगर थाना मे अइसनका अधिकारी मिले लागसु त जिनिगी मजेदार बनि जाई आ पुलिस के नौकरी काटे ना दउड़ी.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।