गुण्डई राज के संगीत रिलीज भइल
-


पिछला दिने आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट आ नवव्यू मल्टीमीडिया के प्रस्तुति आ मिथिला टाकीज के बैनर में मनोज कुमार चौधरी के बनावल भोजपुरी फिल्म “गुण्डई राज” के संगीत मुंबई के टाइम एन्ड अगेन में आयोजित एगो शानदार समारोह में रिलीज भइल. मौका पर निर्माता मनोज कुमार चौधरी, लेखक निर्देशक रविभूषण, आ प्रस्तुर कर्ता पंडित दुर्गा प्रसाद आ किशन खदरिया मौजूद रहलें. अउरी जे खास खास लोग मौजूद रहे ओहमें मशहूर निर्माता आ वितरक अभय चौधरी विशेष अतिथि का रुप में, आ हास्य सम्राट मनोज टायगर, निर्देशक सुनील कुमार बुबना, राजकुमार पाण्डेय, रवि उज्जैन, बबलू सोनी, आ अभिनेता प्रवेश लाल यादव, सुशील सिंह, प्रकाश जैस, आ शुभी शर्मा खास रहलें. एह मौका पर फिल्म प्रचारक प्रशान्त उज्जवल के असामयिक निधन पर शोक जतावत दू मिनट के मौन राखल गइल.

(स्रोत : प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts