भोजपुरी सिनेमा के प्राण हउवन संजय पांडे

भोजपुरी सिनेमा के प्राण मानल जाये वाला चर्चित खलनायक संजय पांडे गारी सुन के खुश होले काहे कि कवनो खलनायक खातिर इहे सबले बड़का अवार्ड होला. पिछला दिने गोरखपुर में पत्रकारन का साथ मेनका थियेटर में आपन फिलिम ‘औलाद’ देखे गइल संजय पाण्डे के मौजूदगी का बारे में दर्शक अनजान रहले. फिलिम का क्लाइमेक्स में जब निरहुआ संजय पांडे के जम के पिटाई करत रहले त दर्शक खुश होत रहले आ कुछ लोग संजय के गरियावतो रहल. पत्रकारन के सलाह रहे कि संजय के धीरे से सरक लेबे के चाहीं काहे कि दर्शक उनुका से नाराज बाड़े. ई सलाह सुन के संजय हँस पड़ले. बाद में जब दर्शक संजय पाण्डे के थियेटर से निकलत देखले त उहे दर्शक जे कुछ देर पहिले उनुका के गरियावत रहले खुशी से झूमे लगले. एगो दर्शक नदीम खुश हो के कहलस कि आप त भोजपुरिया सिनेमा के प्राण हईं. हम आपके हर सिनेमा देखीलें.

संजय पाण्डे अपना प्रशंसकन के आटोग्राफ दिहले आ कुछ लोग उनुका साथे फोटुओ खींचवावल. संजय पाण्डे का बारे में कहल जाला कि ऊ जवने फिलिम में होखेले तवने सुपर डूपर हिट हो जाले. साल 2010 के हिट फिलिम ‘दिवाना’, ‘लहरिया लूटा ए राजा’, ‘सईंया के साथ मड़इया में’, ‘सात सहेलियां’ अउर ‘देवरा बड़ा सतावेला’ का बाद एहू साल 2011 में संजय पाण्डे के रिलीज चारो के चारो फिलिम सुपर डुपर हिट भइल बाड़ी सँ. ‘दिलजले’, ‘होत बा जवानी जियान ए राजा जी’, ‘दुश्मनी’ आ ‘नाग नगीना’ एह साल के सबले बड़ हिट फिलिमन में शामिल बाड़ी सँ. संजय पांडे के एह साल अबही आवे वाली फिलिमन में निर्माता जे.पी. सिंह के ‘बजरंग’ आ निर्माता जितेश दुबे के ‘यादव पान भंडार’ खास बाड़ी सँ.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।