भोजपुर की लैला… दक्खिन के छैला..

भोजपुरी इंडस्ट्री में झंडा फहरवला का बाद सुप्रेरना सिंह के विजय रथ अब तेलगु फिलिमन में आपन विजय पताका फहरावत बा. वइसे तेलगु फिलिमन से सुप्रेरना के नाता बहुते पुरान ह. काशीपत्तनम आ नचाअलाद जइसन कामयाब फिलिमन से सुप्रेरना दक्खिन भारत में अपना प्रशंसकन के एगो बड़हन जमात बना लिहले बाड़ी. बहरहाल ‘नत्तिलोकपल्लू’नाम के एह तेलगु फिल्म में सुप्रेरना के जोड़ीदार होखीहें दक्खिन के सुपरस्टार भरत, जे एगो नामी राजनीतिक परिवारो से ताल्लुक राखेले.

एह रोमांटिक फिल्म में सुप्रेरना एगो बदमिजाज रईसजादी के रोल में बाड़ी जबकि भरत एगो गरीब आशिक बनल बाड़न जे अपना महबूबा के पावे खातिर अनेके मुसीबत झेलत बा. एह फिल्म में एह जोड़ी के मिजाज आ गेटअप देख के हूर के मिलल लंगूर वाला कहावत चरितार्थ होखत लउकी.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।