अब संगीत निर्देशनो करीहें पवन सिंह
-

भोजपुरिया लोकगायिकी के दुनिया के मंच पर खास जगह दिआवे वाला पवन सिंह गायिकी में झंडा बुलंद कइला का बाद भोजपुरिया परदा पर अपना अभिनयो के गहिर छाप छोड़लन. उहे सुपरस्टार पवन सिंह अब जल्दिये एगो नया विभाग में नजर अइहें. हमेशा से दोसरा के बनावल धुन पर आपन मधुर तान छेड़े वाला पवन सिंह अब खुद अपने बनावल धुन पर गावे वाला बाड़न.

पवन सिंह के संगीत निर्देशन में जवना फिल्म के गाना के रिकोर्डिंग शुरू भइल बा ऊ फिल्म हवे गुंडई राज फेम फिल्म निर्माण कंपनी मिथिला टाकिज के “राखेला शान भोजपुरिया जवान”. निर्माता मनोज चौधरी के एह फिल्म के निर्देशक हउवन राजू जे ढेर दिन ले मशहूर निर्देशक पार्थो घोष के सहयोगी रहल बाड़न.

अपना छह साल का कैरियर में पवन सिंह फिलिम आ अलबम खातिर हजारो गाना गा चुकल बाड़े. एहनी खातिर दर्जनो संगीत निर्देशक धुन तइयार कइलन. अब ई पहिला मौका होई जब पवन सिंह खुद कवनो फिल्म के संगीत धुन रचीहें. एह फिल्म के नायको उहे हउवें.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts