मोबाइल पर बतियावल अब महँग होई

गदहा त खेत चर के अघा गइल आ मजे में बा बाकिर ओकर खामियाजा अब आम आदमी के भुगते के पड़ी. केन्द्रीय दूर संचार मंत्री कपिल सिब्बल कहले बाड़न कि अब लाइसेंस लेबे वाली कंपनी के स्पेक्ट्रम खातिर अलगा से भुगतान करे के होई. पुरनकी कंपनियन के ६.२ मेगाहर्ट्ज फोकट में मिली जबकि नयकी कंपनियन के १.८ मेगा हर्ट्ज. एहले अधिका खातिर अलग से भुगतान करे के पड़ी. नयका लाइसेंस लेबे वाली कंपनी एकरा के अपना साथ होखे वाला अन्याय बतावत बाड़ी सँ.

अबही ले स्पेक्ट्रम के दाम तय नइखे भइल आ जवन तय होखी उहे भुगतान करे के पड़ी. मोबाइल कंपनी कहत बाड़ी सँ कि सरकार के एह फैसला से मोबाइल सेवा महँग करे के पड़ी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।