नक्सलियन के घेर मारे का आरोप में चार जने गिरफ्तार

मुंगेर जिला के हरिणमार दियारा में कुछ लोग माओवादियन के भोज पर बोलवले रहुवे. जब ऊ अइले सँ त ओह गिरोह के बारह सदस्यन के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल रहे आ ओकनी के हथियार लूट लिहल गइल रहे. शठे शाठ्यम समाचरिते के एह उदाहरण से सरकार सहमत नइखे आ ओह अपराध के दोषियन के गिरफ्तारी शुरु कर दिहल गइल बा. मराइल माओवादियन के नौ गो कंकाल तारापुर बहियार से बरामद होखला का बाद एह काण्ड के भेद खूल गइल रहे. शवपरीक्षण खातिर कंकालन के भागलपुर मेडिकल कालेज भेजल गइल बा.गिरफ्तार चार लोग रैयता आ तौफिर दियारा के हवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।