अखिलेश के राज्यसभा भेजे के कोशिश भइल त कांग्रेस के टूटल तय : अशोक


पटना 11 मार्च (वार्ता). कांग्रेस छोड़ि जनता दल यूनाईटेड में शामिल हो चुकल आ बिहार के शिक्षा मंत्री रहि चुकल अशोक चौधरी आजु दावा कइलन कि अगर कांग्रेस केंद्रीय मंत्री रहल अखिलेश प्रसाद सिंह के राज्यसभा उम्मीदवार बनाई त ओकर टूटल तय बा.

एहिजा कांग्रेस के 11 गो जिला अध्यक्षन के जदयू के सदस्यता दिअवला का बाद बोलावल संवाददाता सम्मेलन में चौधरी कहलन कि – हम पूरा निष्ठा से बहुते लमहर समय ले कांग्रेस से जुड़ल रहल बानी. बाकिर कवनो व्यक्ति विशेष ला गोल के एकतरफा झुकाव अउर हमरा के अपमानित करे के लगातार होखत साजिश का बाद हम जदयू में शामिल होखे के फैसला क लिहनी.

अशोक चौधरी बतवलन कि अगर कांग्रेस अखिलेश सिंह के भेजल चाही त ई बहुते दुर्भाग्यपूर्ण होखी आ एकर खामियाजो भुगते के पड़ी, कहलन कि उनुका पूरा भरोसा बा कि अखिलेश के प्रत्याशी बनवला प गोल के टूटल तय बा.

लोकसभा अध्यक्ष रहल मीरा कुमार आ केंद्रीय मंत्री रहल राजीव शुक्ला के उम्मीदवार घोषित कइला का सवाल प चौधरी के कहना रहे कि ई दुनु लोग निष्ठावान कांग्रेसी ह आ बिहार में कांग्रेस ला बेहतर उम्मीदवार होखीहें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..