Rahul taught Sam Pitroda a lesson or two….

Sam Pitroda must not be prepared for the lesson he had to take from Rahul Gandhi. Both were touring Amethi when a group complained Rahul of frequent power-cuts. Pitroda talking like a techn0crat said that these areas need Solar Farm when Rahul cautioned him that the problem was more complicated. Pitroda understood soon, “Politically may be, but not otherwise.


राहुल का साथे अमेठी दौरा पर गइल सैम पित्रोदा के बुझा गइल होखी कि राजनीति ना त साँच बोले ना साँच का पजरा जाले. कुछ लोग जब राहुल से शिकायत कइल कि
बिजली नइखे आवत त सैम पित्रोदा कह बइठलन कि सही समाधान अइसनका इलाका में सोलर फार्म बनावल होखी बशर्ते लोग पइसा देबे के तईयार होखे. राहुल गाँधी उनका के इशारा कइले कि एहिजा ई सब कहल ठीक ना होखी. लोग के आपन समस्या बा. लोग पइसा देबे के तइयार ना होखी.

पित्रोदा के जाने के चाही कि देश के अधिकतर जनता बिजली के भुगतान ना करे के चाहे आ गाँव देहात, शहर के भीड़भाड़ वाला इलाकन में कँटिया फँसा के बिजली चोरावल आम बाति बा. दुकानदार आ व्यवसायी जेनरेटर के खरचा बरदाश्त कर लीहें बाकिर बिजली के सही भुगतान करे के ना चाहस. हर राजनीतिक दल एह बात के बढ़ावा देलन आ सरकारो अइसने करेले लोग के मुफ्त बिजली दे के. परिणाम होला कि बिजली उत्पादन केन्द्रन के सही रखरखाव ना हो पावे, नया नया बिजलीघर बनावे में दिक्कत होले आ बिजली के समस्या बढ़ते जात बा.

0 Comments

Submit a Comment