चारा घोटाला का एगो मामिला में तीसेक जने के जेल आ जुर्माना

लालू प्रसाद का मुख्यमंत्री रहते भइल चारा घोटाला से जुड़ल एगो मामिला में तीस से बेसी लोग के चार से छह साल के सजा सुनावल गइल बा. ओह लोग पर डेढ़ लाख से ले के दू करोड़ रुपिया तक के जुर्मानो लगावल गइल बा. चाइबासा के जिला पशुपालन अधिकारी रहल भेंगराज के छह साल के जेल आ डेढ़ करोड़ रुपिया के जुर्माना सुनावल गइल बा. एगो अउरी जिला पशुपालन अधिकारी गौरी शंकर प्रसाद के छह साल के जेल का साथे पचहत्तर लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।