टटका खबर, १ अगस्त सोमार, ९ बजे रात

बैंक कर्मी 5 अगस्त के हड़ताल पर रहीहे
कर्नाटक लोकायुक्त अपना शक्ति के इस्तेमाल काहे ना कइलन : कांग्रेस
सर्वोच्च वरीयता प्राप्त डबल ट्रैप शूटर बनलन रंजन सोढ़ी
मप्र में रायसेन नदी में बस गिरला से १६ लोग के जलसमाधि
गांगुली का मशहूर रेस्तरां “सौरव्स : द फूड पवेलियन” आजु से हमेशा खातिर बंद
ट्रेंट ब्रिज टेस्ट : चाय पिये का बेरा ले 6 गो विकेट गिरल, भारत के हारल तय
येदियुरप्पा के उत्तराधिकारी के लेके गतिरोध कायम. तीन अगस्त के नेता तय होखी
मुम्बई विस्फोट के जांच से हट नइखे एनआईए : चिदम्बरम
डम्पर कांड में मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के राहत. लोकायुक्त के फाइनल रिपोर्ट से विशेष न्यायालय सहमत
एम.सी. जोशी केंद्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड (सीबीडीटी) के अध्यक्ष के कार्यभार सम्हरले
विपक्ष का निशाना पर मनमोहन-चिदम्बरम
कलमाडी एम्स में भर्ती, याचिका पर फैसला सुरक्षित
उड़ीसा में कम बारिश से धान के फसल प्रभावित
ट्रेंट ब्रिज टेस्ट : भारत के 4 बल्लेबाज पवेलियन लवटले
जापानी परमाणु उद्योग बंद कर देबे के अपील
छोटा राजन खातिर रेड कार्नर नोटिस के तइयारी
मेकअप पर अपना जिनिगी में 1 लाख पाउंड खरचेली इंगलैण्ड के महिला
‘शीतकालीन सत्र में पेश हो सकेला भूमि विधेयक’
गुरु ग्रंथ साहिब विश्वविद्यालय के कुलपति पर गोली चलल, गम्हीराह घवाहिल
हिल स्टेशन बनावल जाई गुजरात के सपुतारा
विकास दर 8.2 फीसदी रही, महंगाई घटी प्रधानमंत्री के आर्थिक सलाहकार परिषद के अनुमान
फॉर्मर्स क्लासिक टेनिस : फाइनल में हार गइल सोमदेव देव बर्मन आ ट्रीट कोनार्ड ह्वे के जोड़ी
भगत गवनई में टूटत बा मरदन के वर्चस्व
सानिया मिर्जा आ रूस के यारोस्लावा श्वेदोवा के जोड़ी डब्ल्यूटीए हार्ड कोर्ट सिटी ओपन टूर्नामेंट के युगल खिताब जीतलसि.
कलमाडी का याचिका पर फैसला सुरक्षित रखलसि दिल्ली उच्च न्यायालय
प्रधानमंत्री के बयान से बिगाड़ल माहौल : भाजपा
रेलवे के एगो अलगा सुरक्षा बोर्ड चाहीं : रेल मंत्री दिनेश त्रिवेदी
मणिपुर की राजधानी इम्फाल में विस्फोट से 5 जने मरले, 20 जने घवाहिल
पाकिस्तान में ड्रोन हमला में 3 के मौत
अन्ना हजारे का अनशन पर चुप्पी सधले बिया पुलिस
चुनिंदा कम्पनियन के निशाना बनावत बिया सीबीआई : बलवा
कलमाडी एम्स में भर्ती
2जी घोटाले में प्रधानमंत्री की भूमिका पर चरचा चाहत बिया भाजपा
शेयर बाजारों में तेजी, सेंसेक्स 117 अंक ऊपर

0 Comments

Submit a Comment