Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर 17 सितम्बर)
देश

  • ओडिशा मुख्यमंत्री नवीन पटनायक प्रधानमंत्री से पेट्रोल के दाम घटावे के गोहार लगवलन.
  • वोट खातिर नोट मामिला में भाजपा के सांसद रहल दू गो नेता के गिरफ्तारी पर भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी भंडाफोड़क लोग के सुरक्षा खातिर मजगर कानून बनावे के माँग कइले बाड़न.
  • तीन दिन के सद्भावना उपास करत गुजरात मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु अपना शासन के हासिल गिनवले त कांग्रेस उनुकर ‘भ्रष्टाचार आ बर्बादी’ के शासन का खिलाफ उपास शुरू कइलसि.
  • कोलकाता हवाईअड्डा भवनके आठवाँ मँजिल से गिर के एगो अधिकारी के मौत हो गइल.
  • केरल में राज्य सरकार टैक्स घटा के पेट्रोल 70 पैसे सस्ता कइलसि.
  • मोदी के उपवास के अपना नीति अनुरूप बतावत तामिलनाडु मुख्यमंत्री जयललिता समर्थन दिहली.
  • दिल्ली मुख्यमंत्री शीला दीक्षित पानी के दाम बढ़ावे के अपना सरकार के फैसला के सही बतवली आ कहली कि अबहियों पानी रियायतिए दाम पर दिआता.
  • जनार्दन रेड्डी के रिश्तेदार के बैंक लाकरन से नकदी आ आभूषण जब्त कइल गइल. रेड्डी का ड्राइवरो का लगे से चार लाख रुपिया बरामद भइल बा.
  • हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री प्रेम कुमार धूमल अंतर्राष्ट्रीय ख्याति प्राप्त मोटर रेस प्रतियोगिता ’13वीं रेड-डी-हिमालय’ के 11 अक्टूबर के शिमला से हरी झंडी देखाके रवाना करीहें.
  • जूता कम्पनी श्रीलेदर के मालिक आशीष डे के चार साल पहिले भइल हत्या के मामिला में झारखण्ड के जमशेदपुर अदालत तीन गो आरोपियन के दोषी करार दिहले बिया.
  • भारत लीबिया के अंतरिम परिषद के समर्थन कर दिहलसि.
  • झारखण्ड के कृषि मंत्री सत्यानंद झा ‘बाटुल’ एगो शिक्षिका से बिआह कइला आ ओकरा तीन साल के बेटा के बाप होखला से इन्कार करत आपन डीएनए जांच करावे ला राजी हो गइल बाड़न. अइसनके एगो मामिला में नारायण दत्त तिवारी राजी नइखन होखत.
  • संयुक्त राष्ट्र महासभा के बैठक में शामिल होखे प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह अगिला हफ्ता न्यूयार्क जइहें जहाँ ऊ अंतर्राष्ट्रीय आतंकवाद से लड़े खातिर व्यापक वैश्विक समझौता पर जोर दीहें.
  • थोडुपुज्हा शहर के एगो महिला के गंदा एसएमएस करे का मामिला में अदालत राज्य के जल संसाधन मंत्री पी.जे. जोसेफ के सम्मन भेजके अदालत में पेश होखे के कहले बिया.
  • संसद पर हमला करे के दोषी अफजल गुरु के माफी दिआवे खातिर कश्मीर विधानसभा में 28 सितम्बर के चरचा कइल जाई.
  • कला अउर संस्कृति का तरफ बढ़त रुझान से अब नवहियन खातिर भारतीय कला के इतिहास आ संरक्षण के अध्ययन का विषय के रूप में म्यूजियोलॉजी (संग्रहालय शास्त्र) जइसन नया राह खुलल बा.
  • राजस्थान पुलिस गुमशुदा नर्स भंवरी देवी के पता बतावे वाला के 2,000 रुपिया के नकद इनाम के एलान कइले बिया. भँवरी देवी के संबंध एगो मंत्री से बतावल जात बा आ ऊ गायब बाड़ी.
  • दिल्ली विस्फोट में घाहिलन में से एगो अउरी आदमी के काल्हु भइल मौत का बाद एह बम विस्फोट से मरे वालन के संख्या 15 हो गइल बा.
  • बुंदेलखण्ड में वनवासी आजुओ आपन भूख मेटावे खातिर ‘वन करैला’ पर आश्रित बाड़े.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका के खुफिया दस्तावेज उजागर करे वाली वेबसाइट ‘विकीलीक्स’ अपना सह संस्थापक जूलियन असांजे से जुड़ल सामान के नीलामी कर के वीकिलिक्स चलावे खातिर धन बिटोरे के फैसला कइले बिया.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार रहल मेजर जनरल (सेवानिवृत्त) महमूद अली दुर्रानी के कहना बा कि भारत का साथे टकराव पाकिस्तान के हित में नइखे.
  • थाईलैंड के पर्यटन स्थल सुंगाई कोलोक में शुक का रात भइल सिरियल बम विस्फोटन से तीन लोग मारल गइल आ 118 लोग घाहिल हो गइले.
  • लीबिया में मुअम्मार गद्दाफी विरोधी सेना गद्दाफी समर्थकन के गढ़ शहर बनी वालिद पर दोबारा हमला करे खातिर एकजुट होत बिया. पिछला कोशिश में वापिस होखे के पड़ल रहे.
  • पाकिस्तानी डिजाइनर सहर आतिफ के कहना बा कि दुनिया में भारत के पहिचान ओकरा संस्कृति अउर परम्परा से बा बाकिर अब एहिजा के लोग अपना संस्कृति आ परंपरा से दूर होखल जात बाड़े.
  • अमेरिका के नेवाडा में एयर शो का दौरान एगो विमान दुर्घटनाग्रस्त होके दर्शकन पर गिर पड़ल जवना से कम से कम तीन लोग के जान चल गइल आ 54 लोग घवाहिल हो गइले.
  • संयुक्त राष्ट्र महासभा के सत्र का दौरान प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आ अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा के मुलाकात सम्भव ना हो पाई.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • किसान के ओकरा पैदावार के सही दाम दिआवल सुनिश्चित करी सरकार : कहले शरद पवार
  • मौजूदा कारोबारी साल के तिसरा तिमाही में आधारभूत संरचना, तेज खपत वाला उपभोक्ता सामना आ रिटेल में नौकरियन के अवसर बढ़े के उमेद जतावल जात बा.
  • अमरिकी कारोबारियों खातिर भारत में कमाई करे के बेशुमार अवसर बतवली अमेरिका में भारत के राजदूत निरूपमा राव.
  • प्याज निर्यात प्रतिबंध पर केन्द्र सरकार के फैसला मंगल के आई.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी ने शनिचर का दिने देश के पश्चिमी राज्यन के मुख्यमंत्रियन से कहले कि तरह तरह के नियमन का चलते लटकल आधारभूत परियोजनन के मंजूरी देबे में जल्दी करसु.
  • नौ सितंबर के खतम भइल हफ्ता में विदेशी पूंजी भंडार में 4.29 अरब डॉलर के गिरावट दर्ज भइल बा.
  • बड़हन बड़हन दावा करे वाला विज्ञापनन के जांच करवाई केन्द्र सरकार.
  • रूस अबही विश्व व्यापार संगठन (डब्ल्यूटीओ)के सदस्य ना बन पाई.

मनोरंजन का दुनिया से

  • टोरंटौ से मँगवावल एगो उपकरण के ठीक से काम ना करे का चलते अभिनेत्री करिश्मा कपूर के फिल्म ‘डेंजरस इश्क’ के पहिला दिन के शूटिंग लगभग ना हो पावल.
  • बॉलीवुड महानायक अमिताभ बच्चन अपना टीवी शो ‘कौन बनेगा करोड़पति’ में मौजूद विदर्भ के एगो विधवा के खस्ता हाल देखके ओकरा बेटियन के पढ़ाई खातिर एक लाख रुपिया दिहले.
  • गायक जर्मेन जैक्सन दावा कइले बाड़न कि उनका मरहूम भाई महान पॉप स्टार माइकल जैक्सन के ‘जहर देके मारल गइल रहे’.

खेल के खबर

  • भारत के फार्मूला वन चालक नारायण कार्तिकेयन हिस्पानिया एफ-1 टीम के चालक बन के कॉकपिट में बइठीहें आ 23 से 25 सितम्बर तक होखे वाला सिंगापुर ग्रां पी खातिर शुक का दिने अभ्यास सत्र में हिस्सा लीहें.
  • बैंकाक में होत अंडर-18 एशिया कप हॉकी में भारत के लड़िकियन के टीम श्रीलंका के 13-0 से हरा दिहलसि.
  • सोमदेव चोटहिल हो गइला का चलते अतवार के होखे वाला उलट एकल में शायद ना खेल पइहन.
  • अगिला महीना होखे वाला भारतीय उपमहाद्वीप के दौरा असल चुनौती वाला बतवलन इंगलैण्ड क्रिकेट टीम के कप्तान एलिस्टर कुक. कहलन कि ओकरा बादे पता चली की घरेलू मैदान पर मिलल जीत कतना सही रहल.
  • कोलम्बो टेस्ट : कुमार संगकारा (नाबाद 61)आ माहेला जयवर्धने (नाबाद 31) के उम्दा पारियन का बदौलत श्रीलंका क्रिकेट टीम आस्ट्रेलिया का साथे सिंहली स्पोर्ट्स क्लब मैदान पर होखत तिसरका टेस्ट मैच के दुसरका दिने खेल खत्म होखे ले अपना पहिला पारी में दू विकेट के नुकसान पर 166 रन बना लिहलसि.
  • डेविस कप : दुसरका दिने भूपति-बोपन्ना जीतले आ भारत के वापसी के मौका मिलल.
  • चैम्पियंस लीग में तेंदुलकर शायद ना खेल पइहें.
  • एकदिवसीय रैंकिंग में अब भारत के टीम पांचवें जगहा पर सरक आइल.

0 Comments