(अतवार 18 सितम्बर)
- बलिया में भूकंप के हल्का झटका साँझ ६ बज के १४ मिनट पर महसूस भइल. झटका बहुते हलुका रहल. बतावल जात बा कि भूकंप के केन्द्र सिक्किम में रहुवे आ भूकंप पूरा उत्तर भारत में आइल रहे.
- आगरा के जय हास्पिटल में बम विस्फोट से छह लोग घाहिल.
- बसपा के बलिया जिलाध्यक्ष इन्दल राम कहले कि बलिया सदर से मंजू सिंह के टिकट कटे के बाति झूठ आ अफवाह ह.
- गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी तीन दिन के अनशन पर.
- प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के चिट्ठी लिख ले मुख्यमंत्री मायावती मुसलमानन ला आरक्षण मँगली.
- भारत लीबिया के अंतरिम परिषद के समर्थन कर दिहलसि.
- नौ सितंबर के खतम भइल हफ्ता में विदेशी पूंजी भंडार में 4.29 अरब डॉलर के गिरावट दर्ज भइल बा.
0 Comments