उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार 18 सितम्बर)

  • प्रदेश में कई जगहा भूकंप के हलुका झटका महसूस कइल गइल बाकिर कतहीं कवनो जान माल के नुकसान के खबर नइखे.
  • बांदा बलात्कार मामला में आजु सोमार के पीड़िता के बयान दर्ज करावल जा सकेला आ सीबीआई टीम शहबाजपुर गांव जा के घटनास्थल के निरीक्षण कर सकेले.
  • प्रदेश के आतंकवाद निरोधक दस्ता पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी इंटर-सर्विसिज इंटेलिजेंस (आईएसआई) के एजेंट होखे का संदेह में एगो आदमी के अतवार का दिने कानपुर में गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • मुसलमानन खातिर आबादी का हिसाब से आरक्षण माँग चुकल मुख्यमंत्री मायावती अब गरीब सवर्णन खातिर आरक्षण के सिफारिश कइले बाड़ी.
  • आगरा में अस्पताल में भइल बम विस्फोट कम ताकत वाला रहुवे बाकिर जाँच एजेन्सी एकरा के खारिज नइखी करत सँ कि ई आतंकी हमला हो सकेला. एह हमला में घाहिल छह लोग में से दू लोग के हालत अबहियो गंभीर बनल बा.
  • राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन के योजना खातिर काल्हु एक सौ करोड़ रुपिया के धनराशि अवमुक्त कर दिहल गइल जवना से डाक्टर आ कर्मचारियन के बकाया वेतन के भुगतान हो पाई आ बाकी काम चलत रही. कुछ महीना पहिले भइल लखनऊ में योजना के दू गो पदाधिकारियन के हत्या का बाद से केहू एह योजना के चार्ज लेबे के तइयार ना होत रहल. अब मिशन डायरेक्टर का पद पर आइल लोकेश कुमार एह खर्च के मंजूरी दिहले बाड़न.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..