फगुआ केे दुअर्थी गीत सेे भरल बा माहौल

फगुआ का मौसम मेें भोजपुरी फगुआ के अलगेे हवा बहे लागेला. नया पुरान, मशहूर नवही, सगरी गायक-गायिका एह मौसम मेें आपन-आपन फगुआ लेे केे उतर जाला मैदान मेे.

बाकिर सबले बड़ समस्या होखेला दुअर्थी संवादन सेे निपटल. दुअर्थी शब्दे ले रहीत त ओतना बड़ समस्या हम ना मनतीं. बाकिर होखेला का कि लोग अपना हाव-भाव सेे आ फोटो-वीडियो सेे सगरी उघार कर देला.

उघारल शब्द ओतना ना उघार पावे त विडियो में कुछउ तोपल-लुकाइल ना छोड़ल जाला. एहसेे दोष गीतकार केे दीहल जाव कि ओकरा के फिलिमावेेवाला निर्देशक आ कोरियोग्राफर केे ! तय कइल मुश्किल हो जाला.

अजोरिया पर कवनो गाना डाले सेे पहिलेे हम ओकरा के पूरा सुन आ देख लिलेें बाकिर हो सकेेला कि कहीं कुछ नजर मेेंं आवेे भा सुने मेें छूट गइल होखेे. अब एह डरे हम अपना पाठक-पाठिका केे फगुआ केे आनन्द सेे वंचित कर दीं. ई हमरा मंजूर नइखे. भोजपुरी आम मनई केे भाषा हऽ आ ओकरा के समुझे में सभ्य लोगन केे कुछ दिक्कत हो सकेला. एहसेे जरुरत बा कि सभ्य लोग अपना सभ्यता का हिसाब सेे गीत लिखे-लिखवावेे, गवावेे, फिलिमावेे, आ लोगन का सोझा परोसे. खाली-पीली बोमा मारल ठीक ना कहाई.

अब एतना पढ़ला का बाद आगे बढ़ल आ देखल-सुनल चाहत बानी त सीना तान के आगा बढ़ीं आ सुनीं एगो भोजपुरी फगुआ –

अब रउरा समुझ पर बा कि साली के उजर ओढ़निया के जीजा कइसेे रंग दिहले. सही दुनू रही. जइसेे कि ऊ पुरनका गीत हवेे महेेन्दर मिसिर जी के – अगुरी में डसले बिया नगिनिया ऐ ननदी भईया के जगा दीं. अब ई सुनेेवाला पर निर्भर करत बा कि कवन नागिन डसलसि आ कवन लहर उठत बा.

एह वीडियो के निर्माता हउवें वर्ल्ड वाइड रिकार्ड्स. गवले बाड़ी खुशी कक्कर आ अपना यू ट्यूब पर शेयर कइले बाड़ी. बढ़िया बात ई बा कि वीडियो नइखे एकरा साथेे आ हमार आधा समस्या ओहिसे खतम हो गइल. पार लाग सको त नीचे दीहल कमेंट बाक्स में एक दू लाइन टीपले जाईं. हमरा पढ़ला का बादे ऊ अंजोर हो पाई.
दोसर निहोरा इहो रही कि एह पोस्ट केे अपना व्हाट्सअप ग्रुप आ फेसबुक पर जरुरे शेयर कर दीं अपना दोस्तन-सहेलियान खातिर.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *