उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर 17 सितम्बर)

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के चिट्ठी लिख ले मुख्यमंत्री मायावती मुसलमानन ला आरक्षण मँगली.
  • आगरा के ताजमहल से करीब अढ़ाई किलोमीटर दूर सिकंदरा रोड पर एगो निजी अस्पताल जय हास्पिटल में काल्हु साँझ एगो बम फाटल जवना से 6 लोग घवाहिल हो गइल. बम एगो कुर्सी का नीचे राखल रहुवे. पुलिस के कहना बा कि टिफिन में बम के बात गलत बा. टिफिन कवनो परिजन के हो सकेला. टिफिन खाली मिलल बा. घवाहिल लोग के एस एन मेडिकल कॉलेज में भरती करावल गइल बा.(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस
  • बांदा के चर्चित बलात्कार मामिला में सीबीआई शुक के देर साँझ बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के नरैनी विधायक समेत पांच लोगों का खिलाफ मुकदमा लिख लिहलसि आ थाना से दस्तावेज मंगवलसि.
  • मेरठ पुलिस गोविनंद, अंकित आ राजेन्द्र नाम के तीन गो युवकन के बहुते बड़ संख्या में फर्जी शैक्षणिक प्रमाण पत्रन आ डिग्रियन का साथे गिरफ्तार कइले बिया. इ लोग रुपिया ले के फर्जी प्रमाणपत्र आ अंक पत्र देत रहुवे.
  • बसपा के बलिया जिला अध्यक्ष इन्दल राम के कहना बा कि बलिया सदर से बसपा प्रत्याशी मंजू सिंहे बाड़ी. उनुकर टिकट काटे के बाति बिना कवनो आधार के उड़ा दिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..