उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर 17 सितम्बर)

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के चिट्ठी लिख ले मुख्यमंत्री मायावती मुसलमानन ला आरक्षण मँगली.
  • आगरा के ताजमहल से करीब अढ़ाई किलोमीटर दूर सिकंदरा रोड पर एगो निजी अस्पताल जय हास्पिटल में काल्हु साँझ एगो बम फाटल जवना से 6 लोग घवाहिल हो गइल. बम एगो कुर्सी का नीचे राखल रहुवे. पुलिस के कहना बा कि टिफिन में बम के बात गलत बा. टिफिन कवनो परिजन के हो सकेला. टिफिन खाली मिलल बा. घवाहिल लोग के एस एन मेडिकल कॉलेज में भरती करावल गइल बा.(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस
  • बांदा के चर्चित बलात्कार मामिला में सीबीआई शुक के देर साँझ बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के नरैनी विधायक समेत पांच लोगों का खिलाफ मुकदमा लिख लिहलसि आ थाना से दस्तावेज मंगवलसि.
  • मेरठ पुलिस गोविनंद, अंकित आ राजेन्द्र नाम के तीन गो युवकन के बहुते बड़ संख्या में फर्जी शैक्षणिक प्रमाण पत्रन आ डिग्रियन का साथे गिरफ्तार कइले बिया. इ लोग रुपिया ले के फर्जी प्रमाणपत्र आ अंक पत्र देत रहुवे.
  • बसपा के बलिया जिला अध्यक्ष इन्दल राम के कहना बा कि बलिया सदर से बसपा प्रत्याशी मंजू सिंहे बाड़ी. उनुकर टिकट काटे के बाति बिना कवनो आधार के उड़ा दिहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।