बिहार के खबर

(बियफे, 29 सितम्बर)

  • गंगा आ सोन समेत सगरी बड़की नदियन के जल स्तर में गिरावट आ रहल बा बाकिर अबहियो कई गो नदी खतरा का निशान से उपर बहत बाड़ी सँ. सरकार के राहत आ बचाव कार्य चलत बा. कई जगहा अबहियो सड़क पर पानी बहला से यातायात पर असर पड़ल बा.
  • सिवान जिला के दुरौंधा विधानसभा सीट से सगरी उम्मीदवारन के परचा ठीक निकलल बा आ केहू आपन परचा वापिस नइखे लिहले जवना का बाद अब चुनाव मैदान में नौ प्रत्याशी रहीहें. वोट तेरह अक्टूबर के लगावल जाई आ गिनती सत्रह अक्टूबर के होई.
  • पूर्वी चम्पारण जिला के पोतवां थाना इलाका में एगो नक्सली कमांडर के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओह नक्सली पर 25,000 रुपिया के इनाम राखल रहे.
  • रोहतास जिला के दावत थाना के बमनौल गाँव में एगो माटी के मकान ढह गइल जवना का मलबा में दबा के तीन लोग के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल बा. मरे वालन में दू गो बच्ची रहली सँ.
  • पश्चिमी चंपारण के सनीचरी थाना इलाका के मठिया रसूलपुर गांव में एके परिवार के तीन गो लड़िकियन के मौत गड़हा में डूबला से हो गइल.
  • सारण जिला के परसा से जदयू विधायक छोटे लाल राय के भाई संजय राय पर एगो मुकदमा दर्ज करे के निर्देश जिला प्रशासन दिहले बा.
  • छह साल पहिले अपना मेहरारू के जहर दे के मार देबे का आरोप में कैमूर जिला के सोनहन थाना इलाका के बाघी गाँव के चन्द्रमा बिन्द के दस साल के सजा सुनावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।