बिजली संकट

यूपी एह घरी बिजली के भयंकर संकट झेलत बा. भयंकर गरमी का चलते बिजली के माँग बहुते बढ़ि गइल बा जवना से तीन से चार हजार मेगावाट बिजली कम पड़ जात बा. अबहीं बमुश्किल से छह हजार मेगावाट बिजली मिलत बा राज्य के जवना वलते जगहे जगहे बिजली के भयंकर कटौती कइल जा रहल बा. बलिया में पिछला तीन दिन से बिजली सकंट चालू बा. आवे में जतना देर कर ले जाए में तनिको देर ना करेले.

अब यूपी सरकार जनता के तोस दिहले बिया कि अगिला महीना से राज्य में पाँच सौ मेगाबाट बिजली उत्पादन बढ़े वाला बा जब हरदुआगंज आ परीथा के ताप बिजली परियोजना से बिजली मिलल शुरू हो जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..