किरदार चुने में महारत बा रिंकू घोष के

फिलिम आ आपन किरदार चुने में रिंकू घोष के महारत हासिल बा. इहे कारण ह कि हर फिलिम में रिंकू घोष के काम के गुणगान ज़रूर होला. ‘बिदाई’, ‘बलिदान’, ‘केहू हमसे जीत ना पाई’, ‘सईंया ड्राईवर बीबी खलासी’ आ ‘भईया हमार दयावान’ से ई बात साबित होला कि रिंकू घोष सोचल समुझल रणनीति से आपन किरदार चुनेली. हालांकि रिंकू एह बात से इन्कार करे ली कि ऊ कवनो रणनीति से आपन किरदार चुनेली. कहेली कि बस स्क्रिप्ट पसंद आ जाव त ओह फिल्म में काम करे के सकार लीहिलें.

रिंकू घोष आज भोजपुरी के तमाम बड़का स्टारन का साथे-साथ नयको स्टारन का साथ फिलिम करत बाड़ी. मनोज तिवारी संग ‘अंधा कानून’ प्रदर्शित होखेवाली बा. दिनेश लाल का साथे “रखवाला” के शूटिंग कर के हाल ही में जौनपुर से लवटल बाड़ी. आ अबही रवि किशन संग ‘साली बड़ी सतावेली’ के शूटिंग में व्यस्त बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।