कवनो खिताब उताब ना बस देखनिहारन के नेह छोह मिलत रहो, कहेलन प्रकाश अवस्थी

प्रकाश अवस्थी के सिनेमा छत्तीसगढ़ में सुपर स्टार मानल जाला . ‘मयां’, ‘दो लफाड़ू’, ‘मैं पूरा अनाड़ी लभो खिलाड़ी’, ‘टूरा रिक्शावाला’ उनकर सफल फिलिमन में से हई सँ. प्रकाश अब निर्माता श्रेय श्रीवास्तव के फिलिम ‘चिंगारी’ से सिनेमा भोजपुरी में डेग धइले बाड़न. का छत्तीसगढ़ी सिनेमा का तरह ऊ भोजपुरीओ सिनेमा में आपन कवनो खास मुकाम बना पइहें ? पिछला दिने प्रकाश अवस्थी से एगो स्टूडियो में बातचीत करे के मौका मिलल त ऊ एह फिलिम चिंगारी का बारे में कहलें कि : –
‘चिंगारी’ से ऊ भोजपुरी सिनेमा में आपन शुरुआत करे जात बाड़न. एह फिल्म के निर्माता श्रेय श्रीवास्तव आ निर्देशक के.डी. हउवन. फिलिम बिहार में भइल चंपा विश्वास बलात्कार कांड पर बनल बा जवना में प्रकाश एगो आई.ए.एस. ऑफिसर आ रानी चटर्जी उनकर नायिका बनल बाड़ी. एगो ज्वलंत मुद्दा पर बनत एह फिल्म में प्रकाश आपन भूमिका बहुत पॉवरफुल बतवलें.

एह शुरूआत का बारे में प्रकाश अवस्थी बतवलें कि केडी से उनकर पुरान परिचय रहल आ उनुका प्रकाश के काम पसंद रहल. एहसे जब ‘चिंगारी’ के प्लानिंग होत रहल त केडी फोन कर के प्रकाश के मुंबई बोलवलें आ स्क्रिप्ट पढ़ला का बाद प्रकाश मुख्य भूमिका ला हामी भर दिहलें,

छत्तीसगढ़ी सिनेमा में सुपर स्टार कहइला पर विनम्र भाव से प्रकाश कहलें कि ई त दर्शकन के प्यार ह जे उनुका के सुपर स्टार कहेलें. ना त देश के पहिला सुपर स्टार रहलन राजेश खन्ना आ आजु एह पदवी के हकदार अकेले अमिताभ बच्चन बानी. अपना बारे में कहलन कि उनका खिताब उताब ना चाही बस देखे वालन के नेह छोह मिलत रहे.

सिनेमा भोजपुरी के मौजूदा सीनियर अभिनेतन का बारे में प्रकाश के कहना रहल कि ऊ कवनो तरह के प्रतिस्पर्धा नइखन महसूस करत. ऊ त बस ईमानदारी से बढ़िया काम कइल चाहत बाड़ें,

कहलें कि ‘चिंगारी’ के अलावा उनकर आवेवाली फिलिमन में ‘मेहरारू बिना रतिया कईसे कटी’, ‘लागल बा प्यार के बुखार’ आ ‘टिपटॉप लैला अंगूठा छाप छैला’ बाड़ी सँ. एह फिलिमन में प्रकाश के नायिका कोमल ढिल्लों, मोनालिसा आ शिखा बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।