बिना एको फिलिम रिलीज होखले मँहग बन गइलें चुन्नू सिंगापुरी
-

चुन्नू सिंगापुरी

सिनेमा भोजपुरी में पहिला हाली अइसन भइल बा कि कवनो अभिनेता के, जेकर आजु ले एकहु फिलिम रिलीज नइखे भइल, 25 – 25 लाख रूपये में साइन कइल जात होखे. ई भइल बा चुन्नु सिंगापुरी संगे जिनका के निर्माता विनय शुक्ला आ चौहान जी अपना अपना फिलिमन खातिर साइन कइले बाड़ें.

पचीस पचीस लाख रुपिया में साइन करे का बात पर एह निर्मातन के कहना बा कि ऊ लोग फ़िल्म “चुन्नू बाबू सिंगापुरी” के गाना उनुका आफिस में जा के देखल आ एडिटिंग लैब में उनकर फिलिम देखल तब ई फैसला कइल लोग. एह अनुबंध में इहो लिखल बा कि अगर निर्माता के नुक्सान होखत बा त चुन्नू बाबू तीन चौथाई कटौती कर दिहन अपना फीस में एह तरह के अनुंबंध कर के चुन्नू बाबू एगो मिसाल बना दिहले बाड़ें जवना खातिर उनका के साधुवाद मिले के चाहीं. एहसे सिनेमा भोजपुरी में एगो नया दौर शुरु हो सकेला आ निर्माता, निर्देशक, कलाकार आ टेक्नीशियन सबही सुकून के सांस लेत जिंदा रह पाई.

एह दुनु फिलिमन में से विनय शुक्ला के फिलिम के गाना के रिकार्डिंग 24 अक्तूबर से शुरू होखि आ चौहान जी के फिलिम “सरकार” के मुहूर्त शूटिंग स्थल पर होखी. दुनु फिलिमन के शूटिंग उत्तर प्रदेश का देवरिया जिला में कइल जाई.


(अपना न्यूज़)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts