रघुवीर नारायण के पुण्यतिथि आजु

“सुन्दर सुभूमि भईया भारत के देसवा से, मोरा प्रान बसे हिम खोह रे बटोहिया” गीत के रचयिता बाबू रघुवीर नारायण के पुण्य तिथि आजु ह. छपरा जिला के नयागाँव के वासी रघुवीर नारायण के बेसी रचना अंगरेजी में बा. बाकिर उनकर लिखल भोजपुरी गीत.”बटोहिया” उनुका के अमर बना दिहलसी. देश विदेश में भोजपुरी हमेशा उनुका गीत के आदर का साथ याद करेलें. आ रघुवीर बाबू के पहिचान बटोहिया गीते से होला. १८ अक्टूबर १८८४ के जनमल रघुवीर बाबू के निधन सत्तर साल का उमिर में १ जनवरी १९५४ के हो गइल रहे. अँजोरिया परिवार का तरफ से रघुवीर बाबू के शत शत नमन.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।