– टीम अंजोरिया
#भोजपुरी #गीत-गवनई #आशा-भोसले
तोड़ि के पिंजरा चिरइया त उड़ि गइल : आशा भोसले
bhojpuri songs by asha bhosle
काल्हु 12 अप्रैल 2026 के भारत के लोकप्रिय गायिका आशा भोसले जी के 92 बरीस का उमिर में गंगालाभ हो गइल। फेफड़ा में संक्रमण का चलते उनुका के मुंबई के बीच कैन्डी अस्पताल में भरती करावल गइल रहुवे बाकिर कुछेके घंटा का भीतर शरीर के कई अंगन के खराब रहला का चलते उनुकर निधन हो गइल।
आजु 13 अप्रैल 2026 का दिने मुंबई के दादर पश्चिम के शिवाजी पार्क शमशान भूमि में उनुकर अंतिम संस्कार राजकीय सम्मान का साथे कइल जाई। लता मागेशकर जी के छोट बहिन आशा भोसले जी के जनम 8 सितम्बर 1933 का दिने भइल रहल. आशा जी हिन्दी फिलिमन में गायिका का रूप में नाम कमइली बाकिर अपना अस्सी बरीस का गायकी मे देश के नाहियो त डेढ़ दर्जन से बेसी भाषा में उहाँ के बारह हजार से बेसी गीत गवले बानी। आजु उनुकरे गावल कुछ भोजपुरी गाना उनुका के श्रद्धांजलि देत एहिजा परोसल जा रहल बा –

0 Comments