Category: समाचार

बाँझ ना जाने परसवती के पीड़ा

चुनाव मैदान में ना उतरल बाकिर मुख्यमंत्री पद ला दावेदारी करे वालन पर तंज कसत बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम माँझी कहलन कि ई लोग ओह बाँझ मेहरारू का तरह बा जेकरा मालूमे ना होखे कि परसवती के पीड़ा कइसन आ कतना होले. जान जाईं कि...

Read More

जेकरा गोमांस खाए के बा से खाव बाकिर रिगावे जन हिन्दूवन के

गोमांस पर छिड़ल बवाल का बीच काल्हु केंद्रीय मंत्री कलराज मिश्र कहलन कि जेकरा खाए के बा से खाव बाकिर ओकरा के लेके गावे जन. गोमांस खइला के बात कह के देश के बहुसंख्यकन के भावना भड़कावल गलत बा. जेकरा जवन मन करे तवन खाव बाकिर दोसरा...

Read More

चेन्नई वनडे में दक्खिन अफ्रीका के हरा के बरोबरी पर पहुँचल भारत

दक्खिन अफ्रीका से चउथका एकदिना खेलत भारत काल्हु चेन्नई में दक्खिन अफ्रीका के 35 रन से हरा के सीरीज मे 2-2 के बरोबरी पर चहुँप गइल. भारत के बनावल 299 रन का जवाब में खेलत दक्खिन अफ्रीका के टीम पचास ओवर में 9 विकेट गँवा के महज 264...

Read More

पाकिस्तान लश्कर का खिलाफ कार्रवाई करे के बात कहलस अमेरिका से

अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा आ पाकिस्तानी प्रधानमंत्री नवाज शरीफ के मुलाकात में पाकिस्तानी आदत का मुताबिक काश्मीरो के चरचा चलल. सीमा पर तनाव आ गोलीबारिओ के जिक्र भइल आ कहल गइल कि पाकिस्तान आ भारत का बीच बातचीत का माध्यम से सगरी...

Read More

डीजल भा बिजली दुनू से चलेवाला रेल इंजन

रेलवे अगिला साल अइसन इंजन बनावे जात बावे जवन डीजल आ बिजली दुनू से चलावल जा सकी. ई इंजन वाराणसी के डीजल रेल इंजन कारखाना बनावल जात बा आ एक साल में बना लीहलजाई. एकर लागत साधारण डीजल इंजन के लागत से करीब एक तिसरी अधिका होखी. ई इंजन...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।